· Reading time: 1 minute

मटिये में जीनिगी…

मटिये में जीनिगी…
●●●●●●●●●●●●●●
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

मटिये के मानी गुनवान हम सबका से,
मटिये के गुन सुत-उठी हम गाईले,
मटिये से मिले फल मटिये से मिले जल,
मटिये के दिहल अनाज हम खाईले-
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

मटिये से बने ईंटा मटिये उगावे बाँस,
मटिये उगावे सूत रसरी बनाईले,
रोज हम करीं गुनगान येह मटिया के,
मटिये के घर में आराम हम पाईले-
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

मटिया महान हवे वेद आ कुरान हवे,
मटिये परान हवे सबके बताईले,
मटिये त धन देला मटिये जनम देला,
मटिये के सेवा में ई मनवा लगाईले-
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

मटिया इयार हवे अमृत के धार हवे,
मटिये के सुबे-साँझ तिलक लगाईले,
मटिये से सोना-चानी निकलेला हीरा-मोती,
मटिये के डीजल से चकिया चलाईले-
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

‘आकाश महेशपुरी’ मटिये उगावे जड़ी,
जड़िया के खाइ हम जरवा भगाईले,
जरवे ले नाहीं पेटगड़ियों भगाईं हम,
भागे जब रोगवा त कविता सुनाईले-
मटिये में जीनिगी सनात रहे हमरो त,
मटिये के माई कहि सिरवा झुकाईले।

– आकाश महेशपुरी

2 Likes · 2 Comments · 88 Views
Like
Author
संक्षिप्त परिचय : नाम- आकाश महेशपुरी (कवि, लेखक) मो. न. 9919080399 मूल नाम- वकील कुशवाहा जन्मतिथि- 15 अगस्त 1980 शैक्षिक योग्यता- स्नातक ॰॰॰ प्रकाशन- सब रोटी का खेल (काव्य संग्रह)…

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...