· Reading time: 1 minute

भावना के कद्र नइखे

भावना के कद्र नइखे ना बचल अहसास बा
ना केहू बाटे पराया ना केहू अब खास बा

लोग तहरा से कहेला तू हवऽ आपन भले
बा जवन जाँगर सलामत बस ओही के आस बा

बाप सबके तऽ बना दिहलें पढ़ा के आदमी
मौत आइल बा मगर ना पूत केहू पास बा

एक दिन हमरो सितारा दी चमक सूरज तरे
ई समय बदलत रहेला बस इहे विश्वास बा

झूठ के ‘आकाश’ अइसन बा जमाना आ गइल
साँच बोलल ना केहू के आ रहल अब रास बा

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- १३/११/२०२१

8 Views
Like
Author
संक्षिप्त परिचय : नाम- आकाश महेशपुरी (कवि, लेखक) मो. न. 9919080399 मूल नाम- वकील कुशवाहा जन्मतिथि- 15 अगस्त 1980 शैक्षिक योग्यता- स्नातक ॰॰॰ प्रकाशन- सब रोटी का खेल (काव्य संग्रह)…

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...