· Reading time: 1 minute

नानी

सुना दे हमके
कहानी
राजा रहले
एगो रानी
हो जाई रात सुहानी
नानी…
(१)
गोदी में हमके
बइठाले
दूध-भात के कौर
खिलादे
प्यार के हम भूखल बानी
नानी…
(२)
चुपचाप हम
सो जाएब
मीठ सपना में
खो जाएब
सुनके लोरी तोर ज़ुबानी
नानी…
(३)
हमहूं रहनी
केहू के बबुआ
बड़ी लाडला
अउरी दुलरूआ
होला सोचके हैरानी
नानी…
(४)
तोरे सगरी
दया बा
तोरे सगरी
कृपा बा
आज जवन भी हम बानी
नानी…
(५)
धीरज फेरू
बंधा देते
कवनो राह
देखा देते
हो जाईत दूर परेशानी
नानी…
(६)
जब आवे याद
तोर चेहरा
व्याकुल होला
मोर जियरा
भर जाला
आंख में पानी
नानी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
(A Dream of Love)
#Naani #नानी

9 Views
Like
Author
149 Posts · 5.3k Views
Lyricist, Journalist, Social Activist

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...