Read/Present your poetry in Sahityapedia Poetry Open Mic on 30 January 2022.

Register Now
· Reading time: 1 minute

जबसे प्यार हो जाला

दुनिया भर के गम दिल के यार हो जाला
बैरी बन जाला संसार जबसे प्यार हो जाला

अपने लोगवा आपन नइखे बाटे बनल कसाई हो
जबसे तहसे बिछड़ल बानी आवे बहुत रोआई हो
लोरवा के लरी ना टूटे धार हो जाला-
बैरी बन जाला संसार जबसे प्यार हो जाला

मन ना लागे कहीं जगत में जबले ना बतिआईं हो
हाय करेजा कुहुकत रहे मन करे मरि जाईं हो
मुअलो मुश्किल बा जियल दुस्वार हो जाला-
बैरी बन जाला संसार जबसे प्यार हो जाला

चैन तनिक ना आवत बाटे कइसे कटी जुदाई हो
का सचहूँ ये दुनिया में ना होला एकर दवाई हो
तड़पे खातिर साइत नैना चार हो जाला-
बैरी बन जाला संसार जबसे प्यार हो जाला

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 22/12/2008

131 Views
Like
Author
संक्षिप्त परिचय : नाम- आकाश महेशपुरी (कवि, लेखक) मो. न. 9919080399 मूल नाम- वकील कुशवाहा जन्मतिथि- 15 अगस्त 1980 शैक्षिक योग्यता- स्नातक ॰॰॰ प्रकाशन- सब रोटी का खेल (काव्य संग्रह)…

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...