· Reading time: 1 minute

जनवादी गीत

दीवाली केहू कइसे
मनाई नेता जी
छुएला आसमान
महंगाई नेता जी…
(१)
मजदूरा पर पुलिस के
लाठी जवन गिरल
मरते दम ले ऊना
भुलाई नेता जी…
(२)
ये मंदिर-मस्जिद के
राजनीति के पीछे
छिपल बाटे राउर
चतुराई नेता जी…
(३)
शिक्षा अउरी नौकरी से
दूर करके
नौजवानन के बनवनी
दंगाई नेता जी…
(४)
शमसान में मूरदन के
लाइन लागल बा
रोगियन के मिले ना
दवाई नेता जी…
(५)
फुटहीं वाला बा हमरा
सब्र के घड़ा
अब अउरी जुल्म ना
सहाई नेता जी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#इंकलाबीशायरी #अवामीशायर
#चुनावीशायरी #सियासीशायरी
#Diwali #JaiBhim

19 Views
Like
Author
149 Posts · 5.3k Views
Lyricist, Journalist, Social Activist

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...