Read/Present your poetry in Sahityapedia Poetry Open Mic on 30 January 2022.

Register Now
· Reading time: 1 minute

गीतिका

चउथा पन आइल हवे, झुलल देह के चाम।
बुढ़वा बुढ़िया सूखि के, भइलन पाकल आम।

साथे केहू ना हवे, हीत मीत भा पूत,
हाय अकेले कटि रहल, जिनगी शेष तमाम।

दूनू प्रानी में हवे, पावन प्रेम प्रगाढ़,
मिलजुल के दूनू जना, सहें शीत अरु घाम।

के आपन बा आन के, सब मतलब के लोग,
बेटा-बेटी नात-हित, खाली बाटे नाम।

सात जनम के छोड़ दीं, करीं आज के बात,
दू पल बा यदि प्रेम के, आगे जियल हराम।

धन दउलत कोठा महल, बीघा खेत जजाति,
प्रेम बिना बेकार बा, सगरो ई सरजाम।

साथी जीवनसंगिनी, से बढि के ना आज,
‘सूर्य’ सदा साथे रहऽ, उनकी आठो याम।

(स्वरचित मौलिक)
#सन्तोष_कुमार_विश्वकर्मा_सूर्य
तुर्कपट्टी, देवरिया, (उ.प्र.)
☎️7379598464

1 Like · 63 Views
Like

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...