· Reading time: 1 minute

इ UP के चुनाव ह

इ UP के चुनाव ह
अस्सी सीट वाला
सरकार बनावे वाला
प्रधानमंत्री बनावे वाला
इ आम त बाद में
पहीले खास चुनाव ह

इहवा नोट के बदले वोट जायज बा
गाली और गोली जायज बा
प्रचार रैली बाकी सब ठीक ह
बाकी जीती उहे जे हारे के पक्का लायक बा
बहुमत पावेके के बा
त आचार संहिता के उलंघन कर
इहे हर पार्टी के पहीला सुझाव ह
इ UP के चुनाव ह

जेतना चाहे झूठों वादा कर
कम कर या ज्यादा कर
आरोप प्रत्यारोप त चलते रही
गरीबन के हक के बात केहु न कही
इहे त पहीला बचाव ह
इ UP के चुनाव ह

24 Views
Like
Author
नाम हरिनारायण साहू है और तनहा के तकल्लुस से लिखते हैं | कम्प्यूटर इंजीनियरींग में बैचलर आफ इंजीनियरिंग के छात्र हैं | कविता , गजल , गीत , दोहा ,…

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...