हमार भोजपुरिया
हमार भोजपुरिया
गरवा के हरवा , कलाई मेके चुरिया
सोरहो सिंगार हs , हमार भोजपुरिया
सोरहो सिंगार हs ———————
नाक मेके नथुनी हs कान मेके बाली
डँड़कसा डाँड़ के हs होठवा के लाली
एके पावे खतिरा काटत सभे घुरिया
सोरहो सिंगार हs , हमार भोजपुरिया
सोरहो सिंगार हs ————————-
माथ के टिकुलिया हs,पाँव मेके बिछिया
हँसला पर खिले वाली इहे हs बतिसिया
एकरे से दमकतारी , घर में बहुरिया
सोरहो सिंगार हs , हमार भोजपुरिया
सोरहो सिंगार हs————————–
अँखिया के कजरा हs,जूड़ा मेके गजरा
सटिके ई बइठि जाले ,अवधू का पँजरा
दिलवा से दिल के , मेटाइ देले दुरिया
सोरहो सिंगार हs , हमार भोजपुरिया
सोरहो सिंगार हs————————
रचनाकार -अवध किशोर ‘अवधू’
ग्राम -बरवाँ
पोस्ट- लक्ष्मीपुर बाबू
जनपद -कुशीनगर (उत्तर प्रदेश)
पिन नंबर -274407
मोबाइल नंबर -9918854285