रेल दुर्घटना
जो हम जनतीं कि
वापस ना अइहें
जाहीं ना देतीं बबुआ के
कवना जनमवा के
बैरवा ऊ सधलस
का कहीं हम रेलिया के
बूढ़ी उमरिया में
अपाहिज़ बनवलस
रख देलस दियरा बुताके…
(१)
जो हम जनतीं कि
वापस ना अइहें
जाहीं ना देतीं पिया के
कवना जनमवा के
बैरवा ऊ सधलस
का कहीं हम रेलिया के
चढती उमरिया में
बिरहिन बनवलस
रख देलस सेनुरा मिटाके…
(२)
जो हम जनतीं कि
वापस ना अइहें
जाए ना देतीं पापा के
कवना जनमवा के
वैरवा ऊ सधलस
का कहीं हम रेलिया के
बाली उमरिया में
अनाथ बनवलस
रख देलस जियरा जराके…
#Geetkar
Shekhar Chandra Sekhar
#जनवादी #justice #bollywood
#हल्लाबोल #lyrics #मीडिया #social
#अवामीशायर #lyricist #bhojpuri
#Odisha #TrainAccident #sad
#ओडिशा #दर्दनाक #रेल_हादसा