राधा-कृष्ण के प्यार
सांझे आवे
प्राते आवे
आवे दुपहरिया
केहू के
याद हमके
आवे आधी रतिया…
(१)
ना तअ केहू
सखी हमार
ना ही हो सहेलिया
केकरा से
कहीं आखिर
जियरा के बतिया…
(२)
जब कवनो
आहट होखे
धड़केला छतिया
केहू के
बाट जोहे
एकटक अंखिया…
(३)
पनघटवा पर
राधा बइठल
भइली हो बावरिया
कान्हा तनी
टेर दअ ना
आके हो बांसुरिया…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#रोमांटिक #कृष्ण #गायक #गोपी #विरह
#love #bhojpuri #कवि #bollywood
#गीतकार #lyricist #राधा #मीरा #दर्द
#शायर #लेखक #प्रेम #उदास #गीतकार