राधा अब्बो से हां कर दअ…
राधा अब्बो से हां कर दअ
ना तअ पछताए के पड़ी
चढके डोली में दोसराके
तहरा हो जाए के पड़ी…
(१)
केतना होइहें छैल-छबीला
केतना अइहें रंग-रंगीला
ना पइबू बाकिर कान्हा दोसर
केतना मिलिहें सुंदर-सजीला
मेंहदी हाथे में दोसरा से
तहरा लगवावे के पड़ी…
(२)
बात इहे सीधा-सादा बा
साथे जीए के इरादा बा
आंच आई जे कवनो तहपे
जान देबे के वादा बा
सेंदूरा मांगे में दोसरा से
तहरा भरवावे के पड़ी…
(३)
घुंघट के पट खोल दअ रानी
रंग हवा में घोल दअ रानी
फागुन के जाए से पहिले
प्यार बा हमसे बोल दअ रानी
सेजिया फुलवा के दोसरा से
तहरा सजवावे के पड़ी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#Radha #Krishna #Gopi
#holi #bhojpuri #lyrics
#भोजपुरी #होलीगीत #कृष्ण
#प्रेम_निवेदन #प्रेम_प्रस्ताव
#proposal #love #इजहार