फेर ना होई रात ई
फेर ना होई
रात ई
गांठ बांध लअ
बात ई…
(१)
क़िस्मत जाने
ले जाई कहां
पल दु पल के
साथ ई…
(२)
तेज़ बा
तूफ़ान बहुत
हाथ में ले लअ
हाथ ई…
(३)
सगरी नदी
हम पी लीं
तबो ना बुझी
प्यास ई…
(४)
तोहार बानी
तोहरे रहेब
जबले बाटे
सांस ई…
(५)
सोच-समझ के
जवाब दीहअ
चिट्ठी बा बहुत
खास ई…
(६)
खिलल रहीत
हरदम अइसे
मासूम चेहरा
काश ई…
(७)
एक बेर हमके
लगा लअ गले
टूटे से पहिले
आश ई…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#भोजपुरी_गीत #प्रेम_प्रस्ताव
#प्रेम #प्रेमी #प्रेमिका #आशिक
#रोमांटिक_गीत #Bhojpuri