देश के खस्ता हाल
ई तअ रोक तंत्र हअ
ई तअ ठोक तंत्र हअ
कवनो लोक तंत्र ना
ई तअ शोक तंत्र हअ…
(१)
चारू ओर बर्बादी बा
सिस्टमवे में खराबी बा
आपन मौत मरे के
इहां सबके आजादी बा
ई तअ क्षोभ तंत्र हअ
ई तअ क्रोध तंत्र हअ
कवनो लोक तंत्र ना
ई तअ रोग तंत्र हअ…
(२)
का मजदूर-का किसान
सभे बेहाल-सभे परेशान
पूंजिपतियन से सांठगांठ
कईले बाड़े हुक्मरान
ई तअ लूट तंत्र हअ
ई तअ फूट तंत्र हअ
कवनो लोक तंत्र ना
ई तअ गुट तंत्र हअ…
(३)
ना तअ ढंग के कालेज बा
ना ही ढंग के अस्पताल
सड़क से लेके संसद तक
बाटे देश के खस्ता हाल
ई तअ ब्रोकर तंत्र हअ
ई तअ जोकर तंत्र हअ
कवनो लोकतंत्र ना
ई तअ गोबर तंत्र हअ…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#गीत #दर्द #democracy #हकमारी
#politics #bhojpuri #lyricist
#राजनीति #जनवादी #गीतकार #कवि
#किसान #मजदूर #आंदोलन #protest
#youth #students #farmers #JNU
#व्यंग्य #कटाक्ष #सियासत #हल्लाबोल