दारू से का फायदा
दारू से का फायदा
. . . . . . . . . .
दारू से का फायदा सोचनी आजु गिनावे के
येही से परल हऽ हमरा कागज कलम उठावे के
ना लाठी के परे जरूरत ना ई ज्यादा खोखे दे
पहिला फायदा ईहे हऽ ई बूढ़ कबो ना होखे दे
भरल जवानी में अइसनका रोग भयानक धरेला
बुढ़ौती के दुख भोगला से पहिले लोगवा मरेला
दूसर फायदा ई होला कि पिल्ला नाहीं काटे सन
नबदाने में पावे सन तऽ मुँहवे भर उ चाटे सन
फायदा सुनीं एगौरी होला चोर ना कहियो आवे सन
घर में कुछ बचले नइखे तऽ झूठ-मूठ का धावे सन
…
– आकाश महेशपुरी