तू बदल गईलू
लागेला अब तू
बदल गईलू
हमरा हाथे से
निकल गईलू…
(१)
हाय रे किस्मत
प्यार में हमरा
गिरते-गिरते
संभल गईलू…
(२)
बेसुरा लागेला
कविता हमार
गैर के गीत से
बहल गईलू…
(३)
हसरत से केतना
बिछवनी फूलवा
बेरहमी से
कुचल गईलू…
(४)
उजड़ल-पुजड़ल
झोपड़ी के छोड़
चांदी के चमकत
महल गईलू…
(५)
देखके हमरा
पातर समय के
समाज के सांचा
में ढल गईलू…
(६)
मेला में आईल
नाया खिलौना
पावे खातिर
मचल गईलू…
#geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#sadsongs #bhojpuri #हूक
#lovers #loveslabourlost
#भोजपुरी_गीतकार #दर्दभरागीत
#कसक #तड़प #आह #वेदना
#वियोग #बिछोह #विरह #प्रेमी