जनता के आवाज
केहू से तनको
डेराए के नइखे
आंख देखल सांच
छिपावे के नइखे…
(१)
अब सूली मिले
तहके या जहर
आपन डेग पीछे
हटावे के नइखे…
(२)
पांच साल में
के का कइले बा
तहरा खातिर
भुलाए के नइखे…
(३)
मंदिर मस्जिद के
लफड़ा में फंसके
मुद्दा से ध्यान
बंटावे के नइखे…
(४)
झूठा ईनाम के
लालच में पड़के
दरबारी राग
सुनावे के नइखे…
(५)
आम जनता के तू
आवाज़ हउवअ
सरकार से मोह
बढ़ावे के नइखे…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#भोजपुरी #जनवादी #युग #lyrics
#लोक #कालजई #विद्रोही #lyricist
#क्रांतिकारी #अवामी #दल #गीतकार
#सियासी #शायर #राजनीति #चुनाव
#विपक्ष #youths #प्रतिरोध #मंत्री
#आंदोलन #protest #poet #पत्रकार
#कवि #opposition #युवा #सरकार