ओ बेवफा के प्यार में
जान रहे बाकिर कइसे अनजाना हो गइल
ओ बेवफा के प्यार में का का ना हो गइल
छूटल गाँव जवारों छूटल अउरी यार इयारी
हीत नात से नाता टूटल सभे देत बा गारी
दिल टूटल तऽ पागल, ई दीवाना हो गइल-
ओ बेवफा के प्यार में का का ना हो गइल
प्यार का कइनी, कऽ लिहनी हम अपना के बदनाम
ओकरे नाव रटीले सगरो छोड़-छाड़ के काम
नउवे रटते जिनिगी जेलखाना हो गइल-
ओ बेवफा के प्यार में का का ना हो गइल
जेकरा के हम चहनी कइनी सबसे बेसी प्यार
उहे लीहल चाहेला अब देखऽ जान हमार
उहे ले नाहीं बैरी ई जमाना हो गइल-
वो बेवफा के प्यार में का का ना हो गइल
हमरा के जे धोखा दीहल उहो नींद गँवाई
जे तरे हम तड़पत बानी चैन उहो ना पाई
धन-दौलत बा प्यार के पैमाना हो गइल-
वो बेवफा के प्यार में का का ना हो गइल
– आकाश महेशपुरी
दिनांक- ०७/१०/२००९