आइल बा बढ़िया के पानी
की अरे रामा आइल बा बढ़िया के पानी
कहानी कैसे बताई ना।
कहानी कैसे बताई ना कहानी कैसे बताई ना।
की अरे रामा आइल बा बढ़िया के पानी।
खदरा डूबल जमुनीतर डूबल।
कुछ हिस्सा गंगापार के डूबल।
की अरे रामा आइल बा पोखरा में पानी,
कहानी कैसे बताई ना।
की अरे रामा आइल बा बढ़िया के पानी
कहानी कैसे बताई ना।
बंधवा से यह पार बा आइल।
केतना जनि के दिल घबराईल।
की अरे रामा तेजी प बा राप्ती आमी।
कहानी कैसे बताई ना।
की अरे रामा आइल बा बढ़िया के पानी।
कहानी कैसे बताई ना।
बांधे पर अब मुंड भेटाई।
गांव हमार मैंरुण्ड हो जाई।
की अरे रामा केतना होइ परेशानी।
कहानी कैसे बताई ना
की अरे रामा आइल बा बढ़िया के पानी।
कहानी कैसे बताई ना।
-सिद्धार्थ गोरखपुरी