Sahityapedia
Login Create Account
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
12 Apr 2023 · 2 min read

सुनबऽ त हँसबऽ तू बहुते इयार

सुनबऽ त हँसबऽ तू बहुते इयार
गइल बारात रहे गंडक के पार

होटल में रुके के रहे बेवस्था
दरिये पर मिल गइल पानी आ नाश्ता

गजबे के रहे ये भाई प्रबंध
बगले से भोजन के आइल सुगंध

खाये के खातिर लोग लाइन लगावल
भोजन बा मस्त सभे इहे बतावल

तहिया के घटना ना अबले भुलाइल
हमहूँ त रहनी ये भइया भुखाइल

सुनबऽ त हमरो के लगबऽ तू कोसे
लिहनी पलेट अउरी लगनी परोसे

गजबे सनेस एगो काने में पऽवनी
पहिला कवर अभीं जइसे उठऽवनी

पत्तल के फेकऽ जनि खइला में लागऽ
इ बेटिहा ह दोसर तू जल्दी से भागऽ

पकड़ल तू जइबऽ त होई कुटान
अउरी तू खइबऽ त निकली पिसान

गेटे प नाव पता लागल पुछाये
भीतरे भीतर मन लागल डेराये

खइले बिना गर जे पत्तल गिरऽइतीं
सबका से पहिले तब हमहीं धरऽइतीं

लगनी ये भाई हम जल्दी से खाये
दाल-भात घोंटे आ पूड़ी चबाये

लगनी हम खाना के पानी खाँ गटके
लागल उ पथल खाँ घेंटू में अटके

रहे जवान एगो, पानी लेआइल
चिन्ह गइल हमरा के अइसन बुझाइल

कहलसि कि खा लीं अब रउवो दबा के
नीक नाहीं लागेला कउओ भगा के

रउवो त कउवन से कम नाहीं बानीं
लीं हई पी लीं बिसलेरी के पानी

कहीं त अउरी पनीर लेके आईं
शरम त बाटे ना गब गब खाईं

भले हमार खेत बाटे बेचाइल
रोकीले ना भिखमँगन के खाइल

गलती हो जाला, जनि येतना डेराईं
ठूस ठूस खाईं आ इज्जत से जाईं

सुनते ई बात भाई लाग गइल सरके
जे आगे रहल सभे हटि गइल फरके

राती में देखनी हम जेठ के दुपहरी
येतना उ इज्जत से भेजल लो बहरी

खाइल त बहुते लो हमहीं धरऽइनीं
कउआ, भिखारी, बेशरम कहऽइनीं

दुसरो बारात तले होटल पर आइल
देखनीं त मनवा में चिंता समाइल

सोचनी ये बेटिहा के होई का हाल
घटि जाई खाना त होई बवाल

होई परिश्रम से पइसा जुटऽवले
येही बेवस्था में रात दिन धवले

एने ये बेटिहा के सूखल परान
ओने वो बेटिहा के होई जियान

घराती के पक्ष पहिले आवे बोलावे
कि पाहुन लो जाते ना पत्तल उठावे

अबके समय लोग कहे ना आवे
तबो बाराती लो खाना प धावे

धइनी हम कान कहीं शादी में जायेब
बिना बोलऽवले ना कवर उठायेब

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 10/04/2023

3 Likes · 1 Comment · 295 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Join our official announcements group on WhatsApp to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
Books from आकाश महेशपुरी
View all
You may also like:
जो कहा तूने नहीं
जो कहा तूने नहीं
Dr fauzia Naseem shad
वक्ष स्थल से छलांग / MUSAFIR BAITHA
वक्ष स्थल से छलांग / MUSAFIR BAITHA
Dr MusafiR BaithA
भारतीय लोकतंत्र की मुर्मू, एक जीवंत कहानी हैं
भारतीय लोकतंत्र की मुर्मू, एक जीवंत कहानी हैं
सुरेश कुमार चतुर्वेदी
भिंडी ने रपट लिखाई (बाल कविता )
भिंडी ने रपट लिखाई (बाल कविता )
Ravi Prakash
मुकद्दर।
मुकद्दर।
Taj Mohammad
Advice
Advice
Shyam Sundar Subramanian
क्यों हो इतने हताश
क्यों हो इतने हताश
Surinder blackpen
'सनातन ज्ञान'
'सनातन ज्ञान'
Godambari Negi
"ऐनक मित्र"
Dr Meenu Poonia
कविता: एक राखी मुझे भेज दो, रक्षाबंधन आने वाला है।
कविता: एक राखी मुझे भेज दो, रक्षाबंधन आने वाला है।
Rajesh Kumar Arjun
बाहरी वस्तु व्यक्ति को,
बाहरी वस्तु व्यक्ति को,
महावीर उत्तरांचली • Mahavir Uttranchali
रूको भला तब जाना
रूको भला तब जाना
Varun Singh Gautam
धर्मगुरु और राजनेता
धर्मगुरु और राजनेता
Shekhar Chandra Mitra
मुझे सोते हुए जगते हुए
मुझे सोते हुए जगते हुए
*Author प्रणय प्रभात*
✍️जुर्म संगीन था...✍️
✍️जुर्म संगीन था...✍️
'अशांत' शेखर
आधा इंसान
आधा इंसान
GOVIND UIKEY
दोहा
दोहा
डाॅ. बिपिन पाण्डेय
-- अंतिम यात्रा --
-- अंतिम यात्रा --
गायक - लेखक अजीत कुमार तलवार
"नारी जब माँ से काली बनी"
Ekta chitrangini
*अज्ञानी की कलम*
*अज्ञानी की कलम*
जूनियर झनक कैलाश अज्ञानी झाँसी
प्रकृति
प्रकृति
लक्ष्मी सिंह
दरख़्त और व्यक्तित्व
दरख़्त और व्यक्तित्व
Dr Parveen Thakur
जीवन मेला
जीवन मेला
DESH RAJ
प्रकृति कविता
प्रकृति कविता
Harshvardhan "आवारा"
मेघो से प्रार्थना
मेघो से प्रार्थना
Ram Krishan Rastogi
मित्रता:समाने शोभते प्रीति।
मित्रता:समाने शोभते प्रीति।
Acharya Rama Nand Mandal
काँच के टुकड़े तख़्त-ओ-ताज में जड़े हुए हैं
काँच के टुकड़े तख़्त-ओ-ताज में जड़े हुए हैं
Anis Shah
जब जब ……
जब जब ……
Rekha Drolia
जीवन में ही सहे जाते हैं ।
जीवन में ही सहे जाते हैं ।
Buddha Prakash
इश्क
इश्क
Anamika Singh
Loading...