बेलूरा ब्यास गवैया हो गइलन?
बेलूरा ब्यास गवैया हो गइलन?
कहेम केकरा से हमनी के लाज लागे,
बाकी होखनी के कौनो लाज नैखे?
गावे के कुछो त गावतारे कुछो
सबे बेलूरा व्यास गवैया हो गइलन?
गाना अइसन अइसन की
बेटी पुतोहू के संगे सुने मे लाज लागे
भोजपूरी गाना गंदा कर दिहलस एतना?
की आब त सब जाना के कहे मे लाज लागे?
लोहा गरम, जाता नइखे, पिछबा स मारेब तअ?
हइ बताबअ लोगन अइसने गंदा इनकर गीत ह?
रात बिरात स्टार बने के चक्कर मे,
भोजपुरी गायक सब लोक लाज भूला गइलन?
दुनू इंडिकेटर त निचबा कइसन होई
बताबअ आजकल इहे इनकर गीत सब हबें?
दादा हो दादा तनिको लाज बाटे की ना गवैया के?
बाकी आब त पोर्नो वला के भोजपूरी से लाज होखे लागल?
ए मर्दे तूं लोगन अपना के व्यास कहअ तारअ
भोजपूरी गाना हो की दुगोला होखे?
सभे गंदा गंदा बोल गावे बजाबे लगलन?
बेलूरा ब्यास बाड़ें उ सब स्टार कहाबे लगलन?
कवि-किशन कारीगर
(©काॅपीराईट)