Sahityapedia
Login Create Account
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
11 Sep 2021 · 2 min read

**भसुर**

******
बर-कनिया के आशीष देके जब मीरा आ महेश मंच से उतरल लोग त मीरा माथ ढँपले घर में चलि गइली कि तबे एकजने बराती आ के महेश से कहलें-“हम राउरी मलिकाइन से मिले के चाहत रहनी हँ। उहाँ के नाँवँ मीरा ह का?”महेश पुछलें-“का बाति बा।काहें मिलल चाहत बानीं?कइसे जानत बानी रउवा?”बाराती कहलें -“हम एगो शिक्षक हयीं।उहाँ के हमार फेसबुक मित्र बानीं,एसे।” “अच्छा..!ई बात बा..चली अबे मिला देत बानीं”-महेश मूड़ी हिलावत कहलें।
अब बोला के भीतरी ले गइलें आ.मीरा के हाँक लगवलें-मीरा!हेने आव$..तहसे केहू मिलल चाहत बा।”मीरा हाँक सुनते झड़कल अइली-“के ह?”सम्हने अनजान आदमी के देखि के सकुचइली-का ह?के हयीं इहाँ के?”एतने में बाराती हाथ जोरि के खड़ा हो गइलें-हमार नाँवँ त्रिभुवन ह।” “त्रि-भू-व-न…कहाँ के त्रिभुवन?हमरा मन नइखे परत” ;मीरा कहली।”हम राउर फेसबुक मित्र बानीं।मंच पर देखते चीन्हि गइनीं हँ कि रउवे कवयित्री मीरा हयीं।एसे मिले के जरूरी समझनी हँ।” “ओहो..त्रिभुवन जी **शिक्षक**-अब चिन्हा गइनीं।अउर बतायीं इहाँ कइसे?” “बराते आइल बानी”-त्रिभुवन कहलें। अब त दोहरउनी नाश्ता मिलल। ढे़रे बाति लिखाई-पढ़ाई के भइल।
ओने बादर अब बरिसे की तब बरिसे।सब कार जल्दी -जल्दी निपटावल जात रहे।
बतियावत-बतियावत त्रिभुवन कहलें कि राउर रचना हमरा बहुत पसन्न परेला।बहुत बढ़ियाँ रउवा लिखेनीं।बाकिर सब रचना फेसबुक पर भेज दिहला से का मिलेला? फलाने-फलाने त आपन रचना जोगावेला लोग।आ मंच पर चढि के भँजावेला लोग।
मीरा हँसली-“हम आपन रचना फेसबुक पर ना भेजतीं त… रउरी जइसन पाठक पढतें कइसे? आ मिलतें कइसे? अब रहल बात जोगावे वाला लोगन के… त ओ लोग खातिर बकियवा रउवा कहिए दिहनीं।भँजावल हमार धेय नाहीं हँ।”कि एतने में केहू आके कहल-“तहनी के एइजा बाड़ जा ओने गुरहथन रूकल बा।” “काहें”-मीरा पुछली।”भसुरे नइखें मिलत।आकि अइलहीं नइखें।सब लोग परसान बा।बरतिया कहत बाड़ें कि सथवे अउवें।एइजा खोजाता त हइए नइखें।कहीं अपहरण त ना होगइलें बीचही में..बरखा बा कि झिंसियाता”-जबाब मिलल।
एतना सुनते त्रिभुवन चिहाके उठलें-“अरे बाप रे..अब हम जात बानी।”मीरा पुछली-“काहें”?”जल्दी-जल्दी डेग बढ़ावत त्रिभुवन कहलें -“हमही नूँ भसुर हईं।”
माड़ो में भसुर के दउरत पहुँचल देखि सबके हँसला के धरानि ना रहे।

**माया शर्मा,पंचदेवरी,गोपालगंज(बिहार)**

Language: Bhojpuri
1 Like · 2 Comments · 309 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Join our official announcements group on WhatsApp to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
You may also like:
व्यवहार अपना
व्यवहार अपना
Ranjeet kumar patre
मेरे मालिक मेरी क़लम को इतनी क़ुव्वत दे
मेरे मालिक मेरी क़लम को इतनी क़ुव्वत दे
Dr Tabassum Jahan
दो पंक्तियां
दो पंक्तियां
Vivek saswat Shukla
मुसाफिर
मुसाफिर
नंदलाल मणि त्रिपाठी पीताम्बर
जिंदगी में सिर्फ हम ,
जिंदगी में सिर्फ हम ,
Neeraj Agarwal
किताबें पूछती है
किताबें पूछती है
Surinder blackpen
रक्षाबन्धन
रक्षाबन्धन
कार्तिक नितिन शर्मा
"मैं आज़ाद हो गया"
Lohit Tamta
कुशादा
कुशादा
Mamta Rani
दर्पण
दर्पण
Kanchan verma
तुम तो ठहरे परदेशी
तुम तो ठहरे परदेशी
विशाल शुक्ल
नाम बनाने के लिए कभी-कभी
नाम बनाने के लिए कभी-कभी
शेखर सिंह
दिल से दिल तो टकराया कर
दिल से दिल तो टकराया कर
Ram Krishan Rastogi
फूल और कांटे
फूल और कांटे
अखिलेश 'अखिल'
💐प्रेम कौतुक-436💐
💐प्रेम कौतुक-436💐
शिवाभिषेक: 'आनन्द'(अभिषेक पाराशर)
*पशु- पक्षियों की आवाजें*
*पशु- पक्षियों की आवाजें*
Dushyant Kumar
हिन्दी दोहा-विश्वास
हिन्दी दोहा-विश्वास
राजीव नामदेव 'राना लिधौरी'
'लक्ष्य-1'
'लक्ष्य-1'
Dr. Asha Kumar Rastogi M.D.(Medicine),DTCD
"फंदा"
Dr. Kishan tandon kranti
23/86.*छत्तीसगढ़ी पूर्णिका*
23/86.*छत्तीसगढ़ी पूर्णिका*
Dr.Khedu Bharti
अन्तर्मन की विषम वेदना
अन्तर्मन की विषम वेदना
सुशील मिश्रा ' क्षितिज राज '
“ अपने प्रशंसकों और अनुयायियों को सम्मान दें
“ अपने प्रशंसकों और अनुयायियों को सम्मान दें"
DrLakshman Jha Parimal
Budhape ki lathi samjhi
Budhape ki lathi samjhi
Sakshi Tripathi
तेरे नयनों ने यह क्या जादू किया
तेरे नयनों ने यह क्या जादू किया
gurudeenverma198
माँ तेरी याद
माँ तेरी याद
Dr fauzia Naseem shad
गुमनाम मुहब्बत का आशिक
गुमनाम मुहब्बत का आशिक
डॉ. श्री रमण 'श्रीपद्'
याद आते हैं
याद आते हैं
Chunnu Lal Gupta
कहने को सभी कहते_
कहने को सभी कहते_
Rajesh vyas
रामलला के विग्रह की जब, भव में प्राण प्रतिष्ठा होगी।
रामलला के विग्रह की जब, भव में प्राण प्रतिष्ठा होगी।
डॉ.सीमा अग्रवाल
कायम रखें उत्साह
कायम रखें उत्साह
Umesh उमेश शुक्ल Shukla
Loading...