Sahityapedia
Login Create Account
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
3 Jul 2021 · 3 min read

पहिले जतरा ससुरारी के

विधा:- संस्मरन
पहिले जतरा ससुरारी के।
____________________”””_____”‘”_____________________
एगो अइसन अनुभव जवना के जेहन में अवते खुदही पऽ हंसे के मजबूर हो जानी।

बात तब के हऽ जब हमरा बिआह भइला तीन बरीस बित गइल आ हम ससुरारी ना गइनी। कारन रहे प्राइवेट सेक्टर में नोकरी आ छुट्टी के अभाव।

अइसन ना रहे कि येहि तीन बरीस में हमरा छुट्टी ना मिलल, मिलल पऽ अपनी किहे तब एगो रिवाज रहे नवरतन पुरावे के। येहि रिवाज के मुताबिक जब केहू पहिले बेरी सासुरारी जात रहे तऽ ओकरा ससुरारी में नव दिन आ नव रात रहे के पड़त रहे। अब हमरा येतना लम्बा छुटिये ना मिले कि हम ससुरारी में नवरतन पुराईं।

जब ई बात, हमार ई समस्या ससुराल पक्ष के सोझा परल तऽ ऊ लोग हमरा के आश्वासन दिहलऽ लो कि रउआ आईं, जेतना समय होय ओतने दिन रही , रउआ के केहू बरियाईं ना रोकी।

ई आश्वासन पा के हम ससुरारी जाये बदे तइयार भइनी , सबका खतिरा कुछ न कुछ उपहार खरीदनी आ पैदल ही चल दिहनी।

इहवा तकले तऽ सबकुछू सहिये रहे मेन महजड़ा तऽ अब फंसल। जवने गांव में हमार बियाह भइल बा ओहि गांव में बिआहे से पहिले भा बाद में हम एको हाली ना गइल रहीं। जब बरियात पहुंचल रहे ओहि गांव में, तऽ रात हो गइल रहे जवने कारन हमरा दिशा भरम हो गइल रहे। अब तीन बरीस बितले के बाद हमरा राह तकले इयाद ना रहे।

ओहि भरल दुपहरिया में एगो मनई ना लउकाईल कि हम ओकरा से सही राह पुछ के आगे बढ़ी। तीन बेर गलत राह वरण कइले के बाद कही जाके एकगो बुढ़ऊ बाबा मिललन, जिनका से राह पुछि के जइसे – तइसे हम ई बारे कि. मी. के राह, मात्र; (तनिका ध्यान दीं लोग) मात्र पांच घंटा में पूरा कइके ससुरारी गांव के गोयड़ा पहुंचनी। हद तऽ तब हो गइल, जब गांव के गोयड़ा खेत जोतवावत डरेरी पऽ ससुर जी मिलनी। हम स-सम्मान जाके उहां के गोड़ लगनी, शायद येहि आशा में, कि इहां से ससुर जी घर तकले लिवा लेचलब। पऽ——

इहवा भी डूबत के तिनका के सहारा ना भेटाइल । उहां के हाल-चाल पुछि के, जवन बात कहनी ऊ सुनि के एके गो मुहावरा इयाद आइल। एक गिरनी छतऽ से ऊपर से बाजल मुङ्गड़ी।

उहां के कहनी — बाबू चलीं दुअरवे पऽ, मिथलेश बाड़न (मिथलेश हमरा बड़ऽ सार के नाम हऽ)

ई बात सुनि के हमरा समझ ना आइल, कि हम उहां के आतिथ्य के सम्मान करीं कि कोसीं। हम ससुर जी से के लेखा कहीं, कि बाबुजी जब हम रहिये भुला गइल बानी तऽ दुआर पऽ पहुंचब के लेखा। करीं तऽ करी का कुछो कह ना सकली। बस उहां के आतिथ्य के कोसत गांवों में ढूकि गइनी।
बरियात के समय गउवां उत्तरे – दखिने लागल रहे, आज पूरुबे – पछिमें लागत रहे। बड़ा असमंजस के स्थिति रहे, कठिन मशक्कत के बाद ससुर जी के ऊ तथाकथित घर हमारा भेटाइल, उहो घर पहिचान ये लिए भइल कि हम अपनि मेहर बदे बड़ा हृदय से एगो साड़ी बनारस से खरीद के लियाइल रहीं, उहें साड़ी सुखावे बदे दुआरें पसारल रहे।

आखिरकार भोर के भुलाइल साझु ले ससुरारी पहुंचिये गइल।‌

✍️ पं.संजीव शुक्ल ‘सचिन’
मुसमरवा (मंशानगर)
पश्चिमी चम्पारण, बिहार

Language: Bhojpuri
Tag: लेख
2 Likes · 645 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Join our official announcements group on WhatsApp to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
Books from संजीव शुक्ल 'सचिन'
View all
You may also like:
रिश्तों की मर्यादा
रिश्तों की मर्यादा
Rajni kapoor
#कविता
#कविता
*Author प्रणय प्रभात*
अब तक नहीं मिला है ये मेरी खता नहीं।
अब तक नहीं मिला है ये मेरी खता नहीं।
सत्य कुमार प्रेमी
न कुछ पानें की खुशी
न कुछ पानें की खुशी
Sonu sugandh
एक एक ख्वाहिशें आँख से
एक एक ख्वाहिशें आँख से
Namrata Sona
आ गई रंग रंगीली, पंचमी आ गई रंग रंगीली
आ गई रंग रंगीली, पंचमी आ गई रंग रंगीली
सुरेश कुमार चतुर्वेदी
देखी नहीं है कोई तुम सी, मैंने अभी तक
देखी नहीं है कोई तुम सी, मैंने अभी तक
gurudeenverma198
नमस्कार मित्रो !
नमस्कार मित्रो !
Mahesh Jain 'Jyoti'
जरुरत क्या है देखकर मुस्कुराने की।
जरुरत क्या है देखकर मुस्कुराने की।
Ashwini sharma
चार दिन की जिंदगी मे किस कतरा के चलु
चार दिन की जिंदगी मे किस कतरा के चलु
Sampada
"राज़-ए-इश्क़" ग़ज़ल
Dr. Asha Kumar Rastogi M.D.(Medicine),DTCD
2314.पूर्णिका
2314.पूर्णिका
Dr.Khedu Bharti
सपना
सपना
Dr. Pradeep Kumar Sharma
पुरुष को एक ऐसी प्रेमिका की चाह होती है!
पुरुष को एक ऐसी प्रेमिका की चाह होती है!
पूर्वार्थ
अक़्सर बूढ़े शज़र को परिंदे छोड़ जाते है
अक़्सर बूढ़े शज़र को परिंदे छोड़ जाते है
'अशांत' शेखर
स्त्री चेतन
स्त्री चेतन
Astuti Kumari
💞 रंगोत्सव की शुभकामनाएं 💞
💞 रंगोत्सव की शुभकामनाएं 💞
Dr Manju Saini
"देख मेरा हरियाणा"
Dr Meenu Poonia
ख़्याल
ख़्याल
Dr. Seema Varma
तुझे याद करता हूँ क्या तुम भी मुझे याद करती हो
तुझे याद करता हूँ क्या तुम भी मुझे याद करती हो
Rituraj shivem verma
पर्यावरण है तो सब है
पर्यावरण है तो सब है
Amrit Lal
आप खास बनो में आम आदमी ही सही
आप खास बनो में आम आदमी ही सही
मानक लाल मनु
तेरी धड़कन मेरे गीत
तेरी धड़कन मेरे गीत
Prakash Chandra
मसला सिर्फ जुबान का हैं,
मसला सिर्फ जुबान का हैं,
ओसमणी साहू 'ओश'
*मूलांक*
*मूलांक*
DR ARUN KUMAR SHASTRI
कुछ लोग अच्छे होते है,
कुछ लोग अच्छे होते है,
Umender kumar
"मैं मोहब्बत हूँ"
Dr. Kishan tandon kranti
कर्म -पथ से ना डिगे वह आर्य है।
कर्म -पथ से ना डिगे वह आर्य है।
Pt. Brajesh Kumar Nayak
दोहा
दोहा
दुष्यन्त 'बाबा'
नमकास (कुंडलिया)
नमकास (कुंडलिया)
Ravi Prakash
Loading...